वाट्सएप

वाट्स एप मैसेंजर (WhatsApp Messenger) एगो फ्री सॉफ्टवेयर हवे जे स्मार्टफोन पर एप्लीकेशन के रूप में चले ला आ तुरंत सनेसा भेजे के सुबिधा देला। ई इंटरनेट के इस्तेमाल क के तुरंत सनेसा (पाठ के रूप में) भेजे, कॉल करे, बीडियो काल करे, फोटो, एनीमेशन, डाकुमेंट, प्रयोगकर्ता के लोकेशन आ फोन कांटेक्ट भेजे के सुबिधा देला। एकरा खातिर पहिचानक के रूप में सेलुलर फोन के नंबर के इस्तेमाल करे ला। ई एप्लीकेशन मोबाइल यंत्र सभ प चले ला हालाँकि, एकरा के डेस्कटॉप कंप्यूटर से भी एक्सेस कइल जा सके ला, ई सेलफोन नेटवर्क के नंबर सभ के इस्तेमाल क के एक दुसरे से कनेक्ट होखे के सुबिधा देला। मूल रूप में एह सुबिधा के द्वारा दू ब्यक्ति आपस में या कई लोग ग्रुप बना के आपस में संबाद क सकत रहे, सितंबर 2017 में ह्वाट्सएप द्वारा घोषणा कइल गइल कि अब एगो नया बिजनेस प्लेटफार्म के जरिये कंपनी सभ एकरे द्वारा कस्टमर केयर सुबिधा भी उपलब्ध करा सके लीं वाट्सएप पर भेजल जाए वाला सगरी डेटा (सनेसा, फोटो, बीडियो, फाइल इत्यादि) एंड-टू-एंड एनक्रिप्शन के इस्तेमाल से सुरक्षित होखे ला। वाट्सएप के ज्यादातर उपभोक्ता माउंटेन व्यू, कैलिफोर्निया में स्थित वाट्सएप इंक॰ द्वारा बनावल गइल रहलें हालाँकि, फरवरी 2014 में एकरा के फेसबुक द्वारा लगभग US$19.3 बिलियन (अरब) अमेरिकी डालर में कीन लिहल गइल। फरवरी 2016 ले, वाट्स एप के प्रयोगकर्ता आधार (यूजर बेस) लगभग एक अरब हो चुकल रहल आ एह तरीका से ई आभासी (वर्चुअल) समुदाय सभ में सभसे पापुलर, या आसान भाषा में अपना समय के सभसे पापुलर मेसेजिंग एप बन चुकल रहल। वाट्स एप के बढ़ती कई देसन में तेजी से भइल जेह में ब्राजील, भारत आ यूरोप के बहुत बड़ा हिस्सा सामिल बा।


Developed by მერაბ მგელაძე